web analytics

बुन्देलखंड में राहुल के रैली वाला जगह के एसपीजी कब्जा में लिहलसि

महोबा 28 अक्टूबर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में भइल बम धमाकों से सबक लेत उत्तर प्रदेश सरकार काग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुन्देलखण्ड में 30 अक्टूबर के होखे जात रैली ला बहुते सतर्क रहे के निर्देश जारी कइले बिया.

एह चलते हमीरपुर जिला के राठ कस्बा के रैली से चौबीस घण्टा पहिले से खुफिया तंत्र का निगरानी में सँउप दीहल जाई.

एह बीच राहुल गांधी के सुरक्षा सम्हारे वाली एसपीजी टीम सोमारे के राठ में डेरा डाल के रैली स्थल के अपना कब्जा में ले लिहले बिया.

 295 total views,  5 views today

%d bloggers like this: