web analytics

फिरकावाराना दंगा रोके वाला विधेयक ला कांग्रेस गभीर नइखे, कहलसि माले

पटना 30 अक्टूबर (वार्ता) भाकपा माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपंकर भट्टाचार्या पटना में खबरदार रैली में बोलत कांग्रेस प आरोप लगवलन कि कांग्रेस नेतृत्व वाली संप्रग सरकार फिरकावारान दंगा रोके वाला विधेयक संसद से पार करावे ला गंभीर नइखे. एह चलते देश में फिरकावाराना वारदात रोके में दिक्कत होखत बा. फिरकापरस्त ताकत हालात बिगाड़े में लागल बाड़ी सँ.

कहलन कि दिल्ली मे भइल फिरकावाराना रैली में जदयू के बोलवला के जरुरत ना रहे. काहे कि नीतीश कुमार सतरह साल ले भाजपा के गोदी में खेलले आ अब अपना के सेकूलर बतावे में लागल बाड़े. कहलन कि जदयू का जगहा राजद आ लोजपा के बोलावल चाहत रहे.

 375 total views,  5 views today

%d bloggers like this: