web analytics

मध्यप्रदेश मे एक नवंबर से परचा दाखिल होखे लागी

भोपाल 30 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव ला परचा दाखिल करे के काम अधिसूचना जारी भइला का बाद एक नवंबर से शुरू होखी एकरा ला सगरी इंतजाम क लीहल गइल बा.

अबकी 230 विधानसभा क्षेत्र खातिर रिटर्निंग आफिसर नियुक्त कइल गइल बा आ हर विधानसभा क्षेत्र में 2 गो असिस्टेंट रिटर्निंग आफिसरो तैनात भइल बाड़े.

अधिसूचना जारी होखला का साथ ही एक नवंबर के सबेरे 11 बजे से दुपहरिया तीन बजे का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. आखिरी तारीख 8 नवंबर बा. दाखिल परचा 9 नवंबर के जाँचल जाई आ बाद में 11 नवंबर ले परचा वापिस लीहल जा सकी.

 374 total views,  5 views today

%d bloggers like this: