web analytics

बिहार मे कुलपति आ प्रतिकुलपति के बहाली ला आवेदन मँगावल गइल

बिहार के विश्वविद्यालयन मे कुलपति आ प्रति कुलपति पद पर बहाली ला देश भर के श्रेष्ठ शिक्षाविदन से आवेदन मंगावल गइल बा. राजभवन सूत्र बतावत बाड़े कि राज्यपाल सह कुलाधिपति डा. डी.वाई.पाटिल एह बहाली के दू गो परिनियमन के मंजूरी दीहले बाड़े, कुल 11 गो विश्वविद्यालयन के कुलपति आ प्रति कुलपति पद पर बहाली के … Read more

Loading

मस्तिष्क ज्वर से 15 गो मरीज अउर मरले

पिछला दू दिन अतवार आ सोमार का बीच बाबा राघवदास मेडिकल कालेज गोरखपुर में मस्तिष्क ज्वर से पीडित 15 गो अउरी बच्चा मर गइले. अबले एह बीमारी से 358 मरीज मर चुकले. बतावल जात बा कि पिछला एक जनवरी से अबले एह अस्पताल में मस्तिष्क ज्वर के 1741 रोगियन के भरती कइल गइल. जवना में … Read more

Loading

दू गाड़ी में राखल चार ड्रम स्प्रीट का साथ दू आदमी गिरफ्तार

सोमार का दिने आजमगढ जिला के मुबारकपुर इलाका में खुफिया जानकारी का आधार पर पुलिस दू गाड़ियन से चार गो ड्रम में राखल 1200 लीटर रेक्टीफाइड स्प्रिट बरामद कइलसि. एह मामिला में दू जने के गिरफ्तारो कर लिहलसि पुलिस. पुलिस अधीक्षक अरविन्द सेन बतवले कि खुफिया जानकारी का बाद जब सठियांव रेलवे क्रासिंग का लगे … Read more

Loading

भाजपा के उ.प्र. प्रभारी अमित शाह वाराणसी पहुँचले

पूर्वांचल मे आपन मौजूदगी दर्ज करावे भाजपा के प्रदेश प्रभारी आ राष्ट्रीय महासचिव अमित शाह एगो स्पेशल विमान से वाराणसी चहुँपले. एहिजा दू दिन का प्रवास में अमित शाह विंध्याचल देवी के दर्शन कइले आ फेर काशी विश्वनाथ मंदिर मे हाजिरी लगवले, साथही संकट मोचन समेत अउरिओ मंदिरन मे जाके दर्शन पूजन कइले. मंगल का … Read more

Loading

भाकपा नेता महादेव मांझी भाजपा मे शामिल

भाकपा नेता आ सिकंदरा विधानसभा से दू हाली भाकपा प्रत्याशी रहल महादेव मांझी सोमार का दिने अपना समर्थकन साथे भाजपा प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडे के मौजूदगी में भाजपा मे शामिल हो गइले. (वार्ता)

Loading

वीडियो कान्फ्रेसिंग क के लालू के कोर्ट मे पेशी भइल

चारा घोटाला मामिला मे सोमनार का दिने लालू प्रसाद यादव आ अउरी आरोपियन के आजु राँची में केद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत मे वीडियो कांफ्रेसिंग से पेशी भइल. जगन्नाथ मिश्रा का ओर से तबियत खराब के अर्जी लगावल रहे. ई मामिला देवघर ट्रेजरी से 97 लाख रूपिया के नाजायज निकासी के हवे. (वार्ता)

Loading

सिवान के आंदर में एगो औरत आग लगा के जान दिहलसि

सिवान जिला के आंदर इलाका के दाहाबाड़ी गांव के अठाइस साल के सुधा देवी मामूली पारिवारिक झगड़ा का बाद अपना के एगो कोठरी में बंद कर के अपना देह पर तेल ढार के .आग लगा लिहली. सुधा के मरद गुजरात में नौकरी करेला आ घटना का समय घर पर ना रहुवे. (वार्ता)

Loading

भाई के हत्यारा भाई के उमिर कैद मिलल

देवरिया जिला अदालत भाई के हत्यारा सगा भाई के उमिर कैद आ बीस हजार जुर्माना के सजा सुनवले बिया. बभनियांव इलाका के मईल गाँव के दू गो भाई धनंजय दुबे आ विजय शंकर दुबे का बीच जमीन ले के झगड़ा चलत रहुवे. एही चलते 16 जनवरी 2010 के विजय शंकर दुबे अपना सगा भाई धनंजय … Read more

Loading

बस्ती से दू गो वाहन चोर पांच गो मोटर साइकिल समेत पकड़इले

बस्ती जिला पुलिस के अपराध शाखा आ पुरानी बस्ती थाना पुलिस मिल के सोमार का दिने एगो संयुक्त अभियान में दू गो वाहन चोरन के पाँच गो मोटर साइकिल समेत पकड़ लिहले. गिरफ्तार चोरन के नाम अरशदुल्ला आ वसीम अहमद बतावल गइल बा. एगो अउर चोर हासिम भाग निकलल. पुलिस बतावत बिया कि ई चोर … Read more

Loading

सुरक्षा खातिर सारनाथ मे मिशन क्लीन

वाराणसी के सारनाथ बौद्ध तीर्थ स्थल आतंकियन का निशाना पर होखला का चलते आपरेशन क्लीन शुरु कइल गइल बा. एह क्रम में चौखंडी स्तूप समेत अनेक प्रमुख मंदिरन का लगे से अतिक्रमण हटावल गइल बा. जे विरोध कइल ओकरा के पुलिस चहेट भगवलसि. सारनाथ मंदिर आ आसपास के इलाका पर कडा नजर राखल जात बा … Read more

Loading

गंगा फेरु बढ़ चलली

गंगा आ उनुका सहायक नदियन में पिछला दिने के बरखा का चलते वाराणसी मे गंगा एक बेर फेरू बढाव पर बाड़ी. लगातार बढ़त पानी का चलते घाटन के सम्पर्क कट गइल बा आ किनार पर के मंदिर आ दुकान पानी में डूब गइल बाड़े, तेज बहाव का चलते नावो चलल बंद हो गइल बा. मालूम … Read more

Loading

जौनपुर में वीरांगना दुर्गा भाभी के जनमदिन मनावल गइल

जौनपुर जिला के सरांवा गांव मे शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर सोमार का दिने हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता महान स्वतंत्रता सेनानी वीरांगना दुर्गा भाभी के 106 वां जनमदिन मनवले. एह मौका पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के दू मिनट के मौन राखल गइल आ दुर्गा भाभी के श्रद्धांजलि दीहल … Read more

Loading

मुंबई इंडियन्स के चैपियन बना सचिन विजयी विदाई लिहले

खतरनाक आफ स्पिनर हरभजन सिंह के एक ओवर में तीन विकेट समेत चार गो घातक प्रहार से आईपीएल चैपियन मुंबई इंडियन्स राजस्थान रायल्स के अतवार रात फिरोजशाह कोटला मैदान मे 33 रन से हराके चैपियन्स लीग खिताब जीत लिहलसि आ मुंबई इंडियन्स अपना आइकन सचिन तेदुलकर के विजयी विदाई के तोहफा दे दिहलसि. (वार्ता)

Loading

गाजीपुर मुहम्मदाबाद में बलात्कार के आरोपियन पर छेड़खानी के मुकदमा लिखाइल

काल्हु गाजीपुर जिला के मुहम्मदाबाद इलाका के परसा गाँव के एगो लड़िकी थाना में तहरीर दिहलसि कि जब ऊ दिशा मैदान ला खेत में गइल रहुवे तब तीन गो नवही ओकरा से बलात्कार कइले. बाकिर पुलिस छेड़खानी के मुकदमा दर्ज क के लड़िकी के मेडिकल जाँच ला अस्पताल भेज दिहले. (वार्ता)

Loading

इतिहास मे 07 अक्टूबर

1586… मुगल सैनिक श्रीनगर में घुसले. 1708… सिख समुदाय के दसवाँ आ आखिरी गुरू गोविंद सिंह के निधन. 1737… बंगाल मे भीषण तूफान से तीन लाख लोग मरल. 19।9… महात्मा गांधी के पत्रिका नवजीवन के प्रकाशन शुरू भइल. 1950… मदर टेरेसा कलकत्ता मे मिशनरी आफ चैरिटी के स्थापना कइली. 1962… सोवियत संघ नोवाया जेमेल्या मे … Read more

Loading

जीप से टकरा के एके परिवार के तीन बेकत मरल

रोहतास जिला के करहगर इलाका के विलासपुर गांव का नियरा एगो तेज रफतार जीप से टकरा के चौबे के बहुआरा गांव के रहे वाला रामा पासवान, उनकर पत्नी कुसुम आ बेटा नीरज मौके पर मर गइले. हादसा का बाद जीप ड्राइवर जीप ले के भाग निकलल. (वार्ता)

Loading

लालू का गैरमौजूदगी में राजद के बइठक

काल्हु पटना में राजद के बइठक लालू प्रसाद के गैर मौजूदगी में भइल जवना में तय भइल कि जेल में रहला का बावजूद पार्टी के अध्यक्ष बनल रहीहे लालू प्रसाद आ एह दौरान पार्टी के काम काज राबड़ी देवी देखीहें. एह बइठक में रघुवंश प्रसाद सिंह ना अइले बाकिर राबड़ी देवी, तेजस्वी यादव, तेज प्रताप … Read more

Loading

जेनरेटर चालक के पीट पीट के हत्या

गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर इलाका के तकियाबाद गांव मे परसो रात कुछ लोग पैंतीस साल के मो॰ सुल्तान के पीट पीट के हत्या कर दिहल. पुलिस बतावत बिया कि सुल्तान एगो शादी में आपन जेनरेटर ले के गइल रहे. ओहिजे !हो सुनसान जगहा ले जा के ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहले कुछ लोग. … Read more

Loading

बसपा के पूर्व मंत्री अशोक कुमार दोहरे भाजपा मे अइले

उत्तर प्रदेश के काबीना मंत्री रहल आ बसपा के नेता अशोक कुमार दोहरे काल्हु अपना सैकड़न समर्थकन साथे भाजपा मे शामिल हो गइले. ई लोग भाजपा के प्रदेश कार्यालय मे प्रदेश उपाध्यक्ष शिव प्रताप शुक्ला का सोझा पार्टी के सदस्य बनल. एह मौका पर दोहरे कहलन कि भाजपे अकेला राष्ट्रवादी पार्टी बिया जे समाज के … Read more

Loading

गाजीपुर मे आइल बँड़ेरा से अनेके गाछ उखड़ल

परसो गाजीपुर मे उठल बँड़ेरा सुहवल थाना के अनेके गांवन मे सैकडन गाछ उखाड दिहलसि आ कईएक मकानन के नुकसान चहुँपल. दुपहरिया करीब 12 बजे के आसपास देखते देखत करिया बदरी घेर लिहलसि आ तेज हवा का साथे उठल बँड़ेरा गंगा के एक कोना से होखत अनेके गांव के अपना जद में लेत सैकडन गाछ … Read more

Loading