web analytics

इतिहास मे 04 अक्टूबर

1537.. अंग्रेजी भाषा मे बाइबिल छपल. 1675.. क्रिश्चियन हुगेन्स पाकेट घडी के पेटेन्ट करवले. 1824.. मेक्सिको गणतांत्रिक देश बनाॠल. 1830.. बेल्जियम नीदरलैड से अलग भइल. 1854.. अब्राहम लिंकन अमेरिका के राष्ट्रपति बनल. 1949.. न्यूयार्क मे संयुक्त राष्ट्र के स्थाई मुख्यालय समर्पित भइल. 1971.. तब के सोवियत संघ भूमिगत परमाणु परीक्षण कइलसि. 1977..अटल बिहारी वाजपेयी संयुक्त … Read more

 294 total views

लैपटाप ना मिले के खबर पर वाराणसी में छात्र भड़कले

वाराणसी मे काल्हु लैपटाप वितरण ले के नाराज छात्र जम के बवाल कटले आ सरकार का खिलाफ नारेबाजी कइले. एह लोग के पुलिस से नोंकोझोंक भइल. प्रदर्शनकारी छात्र जिलाधिकारी से मिलके आपन समस्या बतावल चाहत रहले जबकि पुलिस ओह लोग के रोके पर अड़ल रहुवे. छात्रन के कहना बा कि सरकारी नियमावली के मुताबिक ओहलोग … Read more

 328 total views

पुलिस बहाली में कुछ जातियन के आरक्षण पर इलाहाबाद उच्च अदालत रोक लगवलसि

उत्तर प्रदेश में 35 हजार 500 पुलिस कर्मियन के बहाली में अब ओह जातियन के आरक्षण के फायदा ना मिल पाई जवना जातियन के प्रतिनिधित्व सरकारी सेवाअन में पूरा हो गइल बा. एहसे ओइसन जाति के आरक्षण लाभ पर रोक लगा दीहले बा. ई आदेश काल्हु जारी करत न्यायमूर्ति सुधीर अग्रवाल साफ कइले कि पर्याप्त … Read more

 378 total views

भरम में पड़ल लोकसभा सचिवालय कानून मंत्रालय से पूछलसि

लोकसभा सचिवालय दू साल भा ओकर से अधिका के सजा पाए वाला सांसद के सांसदी खतम होखे वाला उच्चतम न्यायालय के फैसला पर भरम में पड़ल बा एह मामिला में सही बात जाने ला कानून मंत्रालय से पूछले बा. लोकसभा सचिवालय के उच्च पदस्थ सूत्र बतावत बाड़े कि माथ अदालत के फैसला से इहे लागत … Read more

 235 total views

न्यायाधीश से लालू कहले..हमही बतवनी हमरे के जेल

काल्हु जब झारखंड का बिरसा मुंडा केद्रीय जेल मे बंद बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के जब चारा घोटाला मामिला मे वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिए सजा सुनावल गइल त ऊ बहुते परेशान हो गइले आ सजा सुनावत न्यायाधीश पी के सिंह के खरी खोटी सुना दीहले, कहलन कि उनका खिलाफ कवनो सबूत ना … Read more

 319 total views

बिहार के बहुचर्चित चारा घोटाला में सजा पाए वाला मुजरिमन के सूची

आजु रांची में सीबीआई के विशेष अदालत में 37 गो अभियुक्तन के सजा सुनावल गइल. एहमें लालू प्रसाद यादव, जगन्नाथ मिश्रा, जगदीश शर्मा, आर के राणा, बेक जुलियस, फूल चंद सिंह, महेश प्रसाद, ए सी चौधरी, बी एन शर्मा, जी पी त्रिपाठी, अर्जुन साह, के एम प्रसाद, के एन झा, बी बी प्रसाद, सिलास तिर्की, … Read more

 290 total views

इंटरलाकिंग के काम करावे खातिर काल्हु 18 गो एक्सप्रेस समेत 23 गो ट्रेन निरस्त

पूर्वोत्तर रेलवे यार्ड रिमांडलिंग का तहत गोरखपुर स्टेशन पर इंटरलाकिंग के काम करावे ला काल्हु 18 गो एक्सप्रेस समेत 23 गो ट्रेन निरस्त क देले बा. एकरा अलावे सात गो रेलगाड़ियन के राह बदल के चलावल जाई. (वार्ता)  265 total views

 265 total views

मस्तिष्क ज्वर से आठ गो अउरी बचवन के मौत अबले 338 मरले

गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में पिछला 24 घंटा में मस्तिष्क ज्वर से पीडित आठ गो अउरी बचवन का मौत का बाद एह बीमारी से मरेवालन के गिनिती बढ़ के 338 हो गइल. आजु मरे वाला बच्चन में कुशीनगर जिला के तीन गो, गोरखपुर अउर देवरिया के दू दू गो, आ सिद्धार्थनगर जिला के … Read more

 279 total views

कालेज मे नाम लिखावे जात विद्यार्थी के सड़क हादसा में मौत

गाजीपुर नगर कोतवाली मे आजु पीजी कालेज में नाम लिखवावे जात मेदनीपुर के रामराज यादव के बेटा बाइस साल के सोनू के मौत सड़क हादसा में हो गइल. पुलिस बतावत बिया कि सोनू एगो जीप का पीछे लटक के सफर करत रहुवे आ पी.जी.कालेज में नाम लिखवावे जात रहुवे. एह बीच आदर्श बाजार का लगे … Read more

 303 total views

वाराणसी डीरेका मे सबले मजगर रेल इंजन तइयार भइल

वाराणसी के डीजल लोकोमोटिव वर्क्स डीरेका एगो सबले मजजगर आ सबले बड़हन रेल इंजन पटरी पर उतरले बा जवना के हार्स पावर 5500 अश्व शक्ति के बा. अपना स्थापना के स्वर्ण जयन्ती मनावत डीरेका ला ई बड़हन उपलब्धि बा. एह इंजन के बड़हन आकार आ ताकत देखत एकर नाम .भीम. रखाइल बा, एह इंजन में … Read more

 251 total views

रेल में एसी भाड़ा बढ़ावे के तइयारी

पहली तारीख से माल भाड़ा आ लगेज भाड़ा बढ़वला का बाद रेलवे अब एसी क्लास के भाड़ा बढ़ावे पर विचार करत बिया. पिछला बजट में ईंधन समायोजन घटक के विचार दीहल गइल रहुवे जवना आधार पर भाड़ा बढ़ावल जा सकेला. बाकिर शयनयान आ साधारण भाड़ा ना बढ़ावल जाई. (वार्ता)  310 total views

 310 total views

लालू हीरो हउवें आ रहीहें. कहली राबड़ी देवी

बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राबड़ी देवी आजु फेरु कहली कि उनका पति आ :राजद:अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के साजिश का तहत चारा घोटाला मे फंसाके सजा दिआवल गइल बा. बाकिर ऊ जनता का नजर में हीरो हउवे आ आगहू हीरो रहीहें. राबड़ी देवी के कहना रहल कि लालू का खिलाफ चारा घोटाला मे ना … Read more

 408 total views

चारा घोटाला मामिला मे लालू के पांच साल जेल आ पचीस लाख के जुरमाना

आजु राँची में सीबीआई के विशेष अदालत चारा घोटाला मामिला में बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के पांच साल के जेल आ पचीस लाख के जुरमाना सुना दिहलसि. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश पी. के. सिंह वीडियो कांफ्रेसिंग क के एह फैसला के सुनवले, सुरक्षा कारण से लालू आ दोसर मुजरिमन के अदालत ना … Read more

 399 total views

परेश रावल करीहें नरेन्द्र मोदी के किरदार

बॉलीवुड मे अपना संजीदा अभिनय खातिर जानल जाए वाला परेश रावल एगो फिलिम में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के किरदार करे वाला बाड़े. एह फिलिम के निर्माता हउवे मितेश पटेल. परेश रावल के उम्मीद बा कि ऊ नरेन्द्र मोदी के भूमिका इमानदारी से कर लीहें. कहलनकि मोदी से एकर अनुमति ले लीहल गइल बा. … Read more

 272 total views

अबकी के त्योहार संगीन का पहरा में मनावे के पड़ी

उत्तर प्रदेश के पश्चिमी इलाका मे चलत साम्प्रदायिक तनाव आ पिछला साल दशहरा पर फैजाबाद मे भइल दंगा का चलते अबकी के त्योहार संगीन का पहरा में मनावल जाई. दशहरा आ बकरीद त एही महीना में पड़ल बा. दीवाली अगिला महीना तीन तारीख के पड़ल बा. हाल का तनाव का चलते मुजफफरनगर आ ओकरा नियरा … Read more

 305 total views

इतिहास मे 03 अक्टूबर

1670.. शिवाजी दोसरका हाली सूरत पर अधिकार जमवले. 1831.. अंगरेज मैसूर पर कब्जा कइले. 1935.. इटली इथोपिया पर कब्जा कइलसि. 1963.. हैती मे तूफान के कहर से करीब पांच हजार लोग मरल आ एक लाख से अधिका लोग घवाहिल भइल. 1968.. अमेरिका नेवादा मे परमाणु परीक्षण कइलसि. 1977.. पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी गिरफ्तार भइली. 1984.. … Read more

 285 total views

विधेयक वापस ले के केन्द्र सरकार अपने मजाक बनवलसि, कहना बा सपा के

दागी सांसदन विधायकन के बचावे ला जारी अध्यादेश के वापिस ले लिहला से सपा नाराज बिया. बाकिर बसपा आ भाजपा के नेता खुश बाड़े आ एकरा के जनता के जीत बतावत बाड़े. सपा प्रवक्ता आ कारागार एवं खाद्य रसद मंत्री राजेन्द्र चौधरी कहले कि काग्रेस हर बात मे राजनीति खोजेले आ एहू मामिला में ऊ … Read more

 286 total views

राबड़ी आजु लालू से मिलिहें आ छह अक्टूबर के वरीय नेता लोग साथे बइठक करीहे

मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आजु बुध का दिने रांची मे राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव से मुलाकात करीहे आ ओकरा बाद छह अक्टूबर के पार्टी के चुनिंदा बड़का नेता लोग संगे बइठ के लालू के गिरफ्तारी का खिलाफ “सहानुभूति लहर” के अपना पक्ष मे करे के रणनीति बनइहें. विधानसभा मे राजद विधायक दल के नेता … Read more

 295 total views

गाजीपुर में नर्सिंग होम चलावत रहुवे एगो झोलाछाप डाक्टर

गाजीपुर में एगो झोलाछाप डाक्टर फर्जी नर्सिंग होम चलावत पकड़ाइल बा. ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री ना होखे के बावजूद ऊ आपरेशनो करत रहुवे. बतावल जात बा कि ऊ मात्र इंटर पास ह आ ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री नइखे, गाजीपुर में झोलाछाप डाक्टरन का बारे में मरीजन के शोषण करे आ मरीजन के मरे … Read more

 292 total views

छपरा जंक्शन से तीन गो ट्रेन लूटेरा गिरफतार

काल्हु मंगल का दिने पूर्व मध्य रेलवे के छपरा जंक्शन से बरौनी ग्वालियर एक्सप्रेस के एगो डिब्बा से तीन गो ट्रेन लूटेरन के गिरफ्तार कइल गइल. एकनी पर पिछला दिने राप्तीसागर एक्सप्रेस ट्रेन मे एगो व्यवसायी से 60 लाख रूपिया के गहना लूटे के मामिला में तलाश होखत रहवे. काल्हुओ ई लूटेरा कवनो लूट के … Read more

 206 total views