Go to ...
RSS Feed

Archives for October 2013

इतिहास में 29 अक्टूबर

1851.. ब्रिटिश इंडियन एसोसियेशन आफ बंगाल के स्थापना. 1859.. स्पेन मोरक्को पर आक्रमण करे के घोषणा कइलसि. 1864.. यूनान के पार्लियामेट नया संविधान अपनवलसि. 19।3.. अल सल्वाडोर मे बाढ का चलते हजारो लोग मरल. 1914..रुस तुर्की पर आक्रमण करे के घोषणा कइलसि. 1920.. तब उपराष्ट्रपति रहल जाकिर हुसैन के प्रयास से जामिया मिलिया इस्लामिया यूनीवर्सिटी

एशियन हाकी चैपियनशिप मे के कप्तानी मनप्रीत का जिम्मे

नयी दिल्ली. 28 अक्टूबर (वार्ता) मिडफील्डर मनप्रीत सिंह जापान मे दू से दस नवंबर ले चले वाला तिसरका एशियन हाकी चैपियन्स ट्राफी . मे 18 सदस्य वाली जवना भारतीय टीम के कप्तानी करीहें. हाकी इंडिया सोमार का दिने एह बात के जानकारी दिहलसि. मिडफील्डर कोठाजीत सिंह के उपकप्तान बनावल गइल बा. एशियन चैपियन्स ट्राफी खातिर

दहशतगर्दन के आपन बतावत ओहनी से बतियावल जरुरी बतवलन गुलजार

वाराणसी 28 अक्टूबर (वार्ता) मशहूर गीतकार गुलजार वाराणसी में कहलन कि दहशतगर्द हमनिए के बीच के हउवे आ ओहनी से बतियावत रहल जरूरी बा जेहसे कि ऊ फेरू देश के मुख्य धारा में लवट सकस. गुलजार के कहना रहल कि एह राह भटकल लोग से बतियावे के जिम्मा शायरन आ लेखकन के उठावे होखी.

बम धमाके मे मरल लोग के परिवार के पांच..पांच लाख रूपिया दी भाजपा

पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.का ओर से पटना के बम धमाकन में मराइल लोग के परिवार के पांच पांच लाख रूपिया दीहल जाई. प्रदेश भाजपा के बड़ नेता आ सरकार में मंत्री रहल गिरिराज सिंह कहलन कि बम धमाका से मरल सगरी छह लोग के परिवार के पार्टी कोष से पांच पांच लाख रूपिया मुआवजा

एगो इनामी अपराधी गिरफ्तार

वाराणसी 28 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी जिला पुलिस मुठभेड मे 15 हजार रुपिया के एगो इनामी अपराधी के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि वाराणसी शहर के लहरतारा पुल का लगे भइल मुठभेड मे पुलिस 15 हजार रुपिया के इनामी अपराधी राजेश यादव उर्फ फुटे के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से एगो पिस्टल आ कुछ

राहुल के रैली के भाव नइखे देत जनता

महोबा 29 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के महोबा मे कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुध का दिने होखे वाली राठ रैली खातिर बुंदेलखण्ड के लोग कवनो रुचि नइखे देखावत. ई देख कांग्रेसियन के होश उड गइल बा. केन्द्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल आ प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष निर्मल खत्री गांवे गाँवे जा के लोग के समुझावे

जदयू नेता चिंतन शिविर में नीतीश के चिंतित कइले

राजगीर.नालंदा. 29 अक्टूबर, बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के चिंतन शिविर मे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प उनुके पार्टी के एगो नेता जोरदार हमला कइले आ एगो दोसर नेता नरेन्द्र मोदी के जम के तारीफ कइले. जदयू के दू दिन के चिंतन शिविर में नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी पर जम के हमला बोलले आ मोदी के झूठा,

कांग्रेस के चुनाव चिह्न जब्त करे के माँग कइलसि भाजपा

नयी दिल्ली 28 अक्टूबर (वार्ता) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी पर वोट ला धर्म आ संप्रदाय के आधार पर बांटे के आरोप लगावत भाजपा चुनाव आयोग से कांग्रेस के मान्यता रद्द करे आ ओकर चुनाव चिह्न जब्त करे के मांग कइले बिया. एह बाबत भाजपा उपाध्यक्ष मुख्तार अब्बास नकवी के नेतृत्व मे पार्टी के पांच सदस्य

बिहार मे राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइलन पासवान

पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) लोक जनशक्ति पार्टी अध्यक्ष रामविलास पासवान भाजपा रैली में भइल बम विस्फोट के नीतीश सरकार के विफलता बतावत बिहार में राष्ट्रपति शासन लगावे के मांग कइले बाड़न. कहलन कि खुफिया रिपोर्ट के बावजूद नीतीश सरकार भाजपा रैली खातिर सुरक्षा के पुख्ता व्यवस्था ना कइलसि जवना चलते छह लोग के जान चल

अब कांग्रेस जाई चुनाव आयोग का लगे मोदी का खिलाफ ओरहन ले के

जयपुर 28 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान कांग्रेस राहुल गाँधी खातिर नरेन्द्र मोदी के इस्तेमाल कइल जात शब्दन के ओरहन ले के चुनाव आयोग का लगे जाई. प्रदेश कांगेस के विधि आ चुनाव व्यवस्था समिति के अध्यक्ष सुशील शर्मा बतवले कि पिछला 26 अक्टूबर के उदयपुर मे भाजपा के सभा मे राहुल खातिर नकारात्मक शब्द इस्तेमाल क

विधानसभा चुनावन ला भाजपा बनवलसि वार रूम

नई दिल्ली 28 अक्टूबर (वार्ता) पांच गो राज्य मे होखे जात विधानसभा चुनावन के अगिला साल होखे वाला आम चुनाव से पहिले के सेमीफाइनल मानत भाजपा अपना मुख्यालय मे एगो वार रूम बनवले बिया जहाँ सगरी राज्य इकाई परस्पर तालमेल कर सकीहें. पार्टी उपाध्यक्ष मुख्तार अब्बास नकवी के अध्यक्षता मे बनावल एह वार रूम के

बुन्देलखंड में राहुल के रैली वाला जगह के एसपीजी कब्जा में लिहलसि

महोबा 28 अक्टूबर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में भइल बम धमाकों से सबक लेत उत्तर प्रदेश सरकार काग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के बुन्देलखण्ड में 30 अक्टूबर के होखे जात रैली ला बहुते सतर्क रहे के निर्देश जारी कइले बिया. एह चलते हमीरपुर जिला के राठ कस्बा के रैली से चौबीस घण्टा पहिले से

कांग्रेस संघ पर हमला बोललसि

देवरिया 28 अक्टूबर (वार्ता) उ.प्र. कांग्रेस कमेटी के प्रदेश अध्यक्ष निर्मल खत्री देवरिया में कहलन कि आरएसएस देश में शान्ति आ सद्भाव बिगाड़त आइल बा. निर्मल खत्री 30 अक्टूबर के सलेमपुर मे होखे वाला राहुल गांधी के रैली के तइयारी खातिर आइल रहले. खत्री पत्रकारन से कहलन कि केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा बिल ले आके

पटना धमाका के तार इण्डियन मुजाहिदीन से जुड़ल

पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) पटना मे भाजपा के हुंकार रैली में करावल सीरियल विस्फोट के तार आंतकवादी संगठन इंडियन मुजाहिदीन से जुड़त मिलल बा. दू गो आतंकियन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा आ अठारह जने के तलाश होखत बा. राज्य के अपर पुलिस महानिदेशक विशेष शाखा राजेश चंद्रा बतावत बाड़े कि विस्फोट के महज

इतिहास मे 28 अक्टूबर

1492.. क्रिस्टोफर कोलम्बस क्यूबा के खोजके. 1627.. मुगल बादशाह जहांगीर के निधन. 1867.. समाजसेविका आ स्वामी विवेकानंद के अनुयायी सिस्टर निवेदिता के आयरलैड मे जनम. 1924.. फ्रांस आ रुस का बीच व्यापार समझौता पर हस्ताक्षर. 1948.. इजरायल के राष्ट्रीय ध्वज के अंगीकार कइल गइल. 1951.. अमेरिका नेवादा मे परमाणु परीक्षण कइलसि. 1955.. मिस्र आ सऊदी

दू गो लईकी पोखरा में डूबली सँ

जौनपुर 27 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के मडियाहूं इलाका के मईडीह गांव मे तालाब मे डूबला से दू गो लइकियन के मौत हो गइल. पुलिस बतवलसि कि तालुकदार के सतरह साल के बेटी निशा आ सूबेदार के सोरह साल के बेटी नीला.सबेरे गांवे के बधवांताल मे तिन्नी के चावल झारे गइल रहली. ओह तालाब में

बिजली करंट से दू गो नवही मरले

गोरखपुर.27 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर जिला के खोराबार थाना क्षेत्र मे बिजली के तार के चपेटा में आ के दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ एगो के हालत खराब बा. पुलिस बतवलसि कि खोराबार इलाका के खिसरवनिया चौराहा का लगे पचीस साल के चन्दन, तैंतीस साल के राम दास, आ सुजीत बेकार खडा बिजली

नकली तेल बनावे वाला दू गो अपराधी गिरफ्तार

देवरिया 27 अक्टूबर (वार्ता) देवरिया जिला के सलेमपुर कस्बे मे बचवन के मालिश वाला नकली तेल बनावे के कारोबार के भण्डाफोड करत पुलिस एगो सभासद समेत दू जने के गिरफ्तार कइलसि. पुलिस प्रवक्ता बतवले कि सलेमपुर कोतवाली क्षेत्र के हरैया वार्ड मे ढेर दिन से डाबर कम्पनी के नाम पर नकली लाल तेल बनावल जात

कायराना हमला का बावजूद भीड़ डटल रह गइल गाँधी मैदान में

पटना. 27 अक्टूबर (वार्ता के रपट में जोड़त) आजु पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान में नरेन्द्र मोदी के हुंकार रैली से पहिलही सीरियल बम विस्फोट से पाँच लोग मर गइल आ कई दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. सबले पहिले पटना जंक्शन के करबिगहिया ओर एगो सुलभ शौचालय में बम विस्फोट के खबर मिलल. ओहिजा से

इतिहास में 27 अक्टूबर

1676.. पौलेड आ तुर्की वारसा शांति समझौता प हस्ताक्षर कइले. 1682.. फिलाडेलफिया आ पेन्सिलवानिया के स्थापना भइल. 1775.. अमेरिकी नौसेना के गठन. 1810.. वेस्ट फलोरिडा के अमेरिका स्पेन से अपना अधिकार मे लिहलसि. 1904.. स्वतंत्रता संग्राम सेनानी जतिन्द्र नाथ दास के जनम. 1921 पूर्व राष्ट्रपति के.आर.नारायण के जनम. 1947.. महाराजा रणजीत सिंह कश्मीर के भारत

Older Posts›› ‹‹Newer Posts