web analytics

इंटर के छात्र के पीट.पीट के मुआ दीहल गइल

सिवान 26 अक्तूबर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में इंटर के एगो छात्र के पीट.पीट के हत्या क दीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवले कि लकड़ीपरौली साह टोला के बाइस साल के रोहित कुमार मिश्र के काल्हु रात कुछ लोग घर से बोला के ले गइल आ ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहल. जब … Read more

 275 total views

हैडपंप के पानी पीयला से नौ गौ बच्चा समेत एगारह जने बीमार

भभुआ 26 अक्टूबर (वार्ता) कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के खमीदौरा मध्य विद्यालय मे हैडपंप के पानी पीयला से नौ गो बचवन समेत एगारह लोग के तबियत खराब हो गइल बा. पुलिस बतवलसि कि नौ गो विद्यार्थी, एगो शिक्षक, आ रसोईया समेत एगारह लोग स्कूल में लगावल हैंडपंप के पानी पी के बीमार पड़ गइल … Read more

 293 total views

युवक के गोली मार के हत्या

आजमगढ 26 अक्टूबर (वार्ता) आजमगढ जिले के रौनापार इलाका में काल्हु जेल से छूट के आइल एगो युवक के कुछ बदमाश घर चहुँपते गोली मार के मुआ दिहले. पुलिस ओह हत्यारन के खोजे में लागल बिया.  252 total views

 252 total views

फर्जी तरीका से दोसरा का खाता से रुपिया निकाले वाला जालसाज गिरफ्तार

छपरा 26 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के दिघवारा इलाका से पुलिस एगो जालसाज शैलेन्द्र कुमार के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस सूत्र बतवले कि जालसाज शैलेन्द्र कुछ दिन पहिले भारतीय स्टेट बैक के दिघवारा शाखा से झँउवा गाँव के पंचायत सेवक राम प्रवेश राय के खाता से फर्जी तरीका से नौ लाख 18 हजार रूपिया अपना … Read more

 313 total views

रंजिश मे एक आदमी के हत्या

जौनपुर 26 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के बरसठी इलाका में शुक के देर रात पुरान रंजिश मे कुछ लोग एक आदमी के छूरा घोंप के मुआ दीहल. पुलिस बतवलसि कि कोहडाबारी गांव मे देर रात चार लोग सूतल नरेन्द्र बहादुर सिंह उर्फ कल्लू के छूरा घोंप के हत्या क दीहल. एह मामिला में चार लोग … Read more

 260 total views

देवाल गिरला से एक आदमी के जान गइल

गोडा 26 अक्टूबर (वार्ता) गोडा जिला मे कर्नलगंज सामुदायिक केन्द्र के बैरमपुर गांव मे देवार गिर पड़ला से एक आदमी के जान चल गइल. पुलिस बतवलसि कि सुखराम अपना घर के छप्पर डालत रहे जब अचके में ओकरा नीचे बनल देवाल गिर पड़ल आ ओकरा से दबा के सुखराम के मौत ओहिजे हो गइल.  300 total … Read more

 300 total views

राहुल के शाहजादा कहला पर भड़कल कांग्रेस

नयी दिल्ली. 26 अक्टूबर (वार्ता के इनपुट में जोड़त) कांग्रेस एह बात ला बहुते नाराज बिया कि बेर बेर राहुल गाँधी के शाहजादा कह के काहे तंज कसल जात बा. एह बात पर धमकी जस देत कांग्रेस प्रवक्ता जनार्दन द्विवेदी कहलन कि ई बोलल त दू दिन में छोड़ावल जा सकेला बाकिर कांग्रेस कानून व्यवस्था … Read more

 271 total views

मोदी अल्पसंख्यकन के दिल छूवत कांग्रेस पर निशाना सधले

उदयपुर.26 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी एहिजा एगो चुनावी सभा में सांप्रदायिकता सिखावे के दोष कांग्रेस प लगावत कहलन कि गोपालगढ़ समेत राज्य मे भइल पचीसन दंगा का चलते कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी मानवाधिकार आयोग, अल्पसंख्यक आयोग आ अपने सरकार प भरोसा तज दिहले बाड़े. कहलन कि राहुल गाँधी के अपने … Read more

 339 total views

दिल्ली के चुनाव भ्रष्टाचार बनाम सुशासन पर लडल जाई, कहले हर्षवर्धन

नयी दिल्ली. 26 अक्तूबर (वार्ता) भाजपा. के दिल्ली मे मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षवर्धन कहले बाड़न कि चार दिसम्बर के होखे जात चुनाव में कांग्रेस के भ्रष्टाचार बनाम भाजपा के सुशासन पर लडल जाई. यूनीवार्ता से बतियावत हर्षवर्धन कहलन कि दिल्ली विधानसभा चुनाव मे भाजपा के मुख्य मुद्दा रही शीला सरकार के 15 साल के … Read more

 300 total views

गैर..भाजपा आ गैर कांग्रेसी पार्टियन के सम्मेलन

नयी दिल्ली 26 अक्टूबर (वार्ता) अगिला लोकसभा चुनाव के मद्देनजर देश मे गैर.भाजपा आ गैर..कांग्रेसी गठबंधन के संभावना तलाशे आ फासीवादी ताकतन के हरावे खातिर अगिला तीस तारीख के दिल्ली में एगो फिरकापरस्त विरोधी सम्मेलन बोलावल गइल बा. एह सम्मेलन में राजनीतिक लोग का अलावे लेखक,.कलाकार, आ बुद्धिजीविओ लोग शामिल होखी. दिल्ली के तालकटोरा स्टेडियम … Read more

 223 total views

करंट लगला से फिलिम कैमरामैन के मौत

गाजीपुर 25 अक्टूबर (संवाद.) गाजीपुर जिला के कैथवलिया गाँव में भोजपुरी फिलिम के शूटिंग का दौरान कैमरा मैन के बिजली करंट से मौत हो गइल. बतावल जात बा कि कैथवलिया गाँव में दिनेशलाल निरहुआ के फिलिम “निरहुआ हिन्दुस्तानी” के शूटिंग का दौरान एगो गाना के शूटिंग बस का छत पर से कइल जात रहुवे. बस … Read more

 322 total views

इतिहास मे 26 अक्टूबर

1905.. नार्वे स्वीडन से आजाद भइल. 1934.. राष्ट्रपिता महात्मा गांधी अखिल भारतीय ग्रामीण उद्योग संघ बनवले, 1947.. जम्मू कश्मीर के महाराजा हरीसिंह राज्य के भारत मे विलय करे पर सहमत भइले. 1962.. भारत पर चीन का हमला का बाद राष्ट्रपति देश मे पहिला बेर आपातकाल के घोषणा कइले. 1994.. इजरायल आ जार्डन शांति संधि पर … Read more

 217 total views

करंट लगला से बाप बेटा के मौत

वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी जिला के जंसा इलाका में कपरपुरवा गाँव में बिजली का करंट से बाप बेटा के मौत हो गइल आ दु गो मेहरारू झँउस गंइली सँ. पुलिस बतवलसि कि पचपन साल के रामाश्रय पटेल एगो निजी अस्पताल मे आपन ड्यूटी क के घरे आड़ल रहे आ बिजली के तार ठीक करत … Read more

 289 total views

महेसरा सेतु बनवावे खातिर योगी के धरना

गोरखपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि पूरा धन रहला का बावजूद महेसरा सेतु बनवावे में होखत लापरवाही माफिया प्रवृत्ति के ठेकेदारन आ भठियारा नौकरशाही के गठजोड के जीयत जागत नमूना बा. एह बारे में आयोजित धरना के संबोधित करत योगी आदित्यनाथ कहलन कि अगर 10 नवम्बर ले … Read more

 291 total views

राष्ट्रपति आईआईटी पटना के दीक्षांत समारोह मे भाग लेबे आवत बाड़े

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान पटना आईआईटी के दुसरका दीक्षांत समारोह मे शामिल होखे आवत बाड़े. आधिकारिक सूत्र बतवले कि राष्ट्रपति आईआईटी के दूसरका दीक्षांत समारोह मे साल 2009 से.13 बैच के दू गो छात्रन के स्वर्ण पदक दीहें आ तीन गो के रजत पदक. दीक्षांत समारोह राजधानी के रविन्द्र … Read more

 285 total views

नमो के पोस्टर हटवला से भाजपा कार्यकर्ता नाराज

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा. के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के बिहार आवे का बारे में राजधानी पटना मे लगावल पोस्टर आ होर्डिग के आज हटा दिहला से पार्टी कार्यकर्ता बहुते नाराज बाड़े. बिहार सरकार में मंत्री रहल आ पार्टी के बड़ नेता गिरिराज सिंह आरोप लगवले कि राज्य सरकार के इशारा पर … Read more

 430 total views

छात्र पुलिस पर पथराव कइले

बलिया 25 अक्टूबर (वार्ता) बलिया जिला मे शहर कोतवाल के हटावे के माँग करत छात्र पुलिस पर पथराव कइले आ रोडवेज के एगो बस मे आग लगा दिहले. एकरा बाद पुलिस दस गो उपद्रवी छात्रन के गिरफतार क लिहलसि. पुलिस अधीक्षक रामबाबू सिंह बतवले कि टी डी कालेज के छात्र ई मांग को लेके चौराहे … Read more

 230 total views

पर्यटन बढावे खातिर वाराणसी में रोड शो

वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) ओडिशा में पर्यटन बढावे खातिर ओडिशा सरकार के पर्यटन विभाग धार्मिक नगरी वाराणसी मे आपन पहिला रोड शो कइलसि. औडिशा पर्यटन विभाग के निदेशक आ अतिरिक्त सचिव एम आर पटनायक बतवले कि अइसने रोड शो अउरी जगहा पर कइल जाई. कहलन कि राज्य में पर्यटन बढावे खातिर ओडिशा सरकार पर्यटकन के … Read more

 255 total views

बस्ती के सडक हादसा मे दू जने के मौत

बस्ती 25 अक्टूबर (वार्ता) बस्ती जिला के छावनी इलाका में सिरौलीबाबू गांव में डीसीएम वाहन का चपेट मे आ के सूरज कुमार के मौत हो गइल. एगो दोसरा हादा में नगर थाना के फुटहिया तिराहा का नियरा एगो वाहन का टक्कर से वन संरक्षक कार्यालय में तैनात चौकीदार मोतीलाल के मौत हो गइल.  310 total views

 310 total views

गंगा के रेत निकाले पर लागल रोक हटावे के माँग कइलन डा॰ जोशी

वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा के बड़का नेता डा॰ मुरली मनोहर जोशी वाराणसी मे गंगा से रेत निकाले पर लागल रोक तुरत हटावे के माँग कइले बाड़े. डा॰ जोशी के कहना बा कि कछुआ सेक्चुरी के चलते गंगा के प्रवाह पर असर पडत बा आ ऐतिहासिक घाटन पर खतरा पैदा हो गइल बा आ ई … Read more

 222 total views