web analytics

छत्तीसगढ मे कांग्रेस राजघरानन से किनारा करे लागल

रायपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) छत्तीसगढ मे कांग्रेस के राजनीति मे कबो राजघरानन के रहल वर्चस्व अब खतम होखत बा आ पार्टी ओह लोग से अब किनारा करे लागल बिया.

पुरनका मध्यप्रदेश मे छत्तीसगढ के लगभग डेढ दर्जन सीट प राजघरानन के वर्चस्व रहत रहे. एहनी से या त राजपरिवारे के कवनो सदस्य भा उनकर कवनो खास सर्मथक चुनाव जीतत रहुवे. अधिकतर राजघराना कांग्रेसे से जुड़ल रहले.

डोगरगांव, खैरागढ, कवर्धा, अम्बिकापुर, आ बसना के राजघराना एह मामिला में मुख्य रूप से सक्रिय रहले. बाकिर अबकी के विधानसभा चुनाव मे कांग्रेस अचानके राजघरानन से दूरी बना लिहले बिया. खैरागढ सीट से देवब्रत सिंह आ कवर्धा सीट से योगेश्वर सिंह के टिकट नइखे दिआइल.

अबकी सबले अधिका भाव कांग्रेस अम्बिकापुर राजघराना के दिहले बिया. अम्बिकापुर से विधायक टी.एस.सिंहदेव के फेरू टिकट दीहल गइल बा आ सरगुजा संभाग के तमाम सीट से उनके पसन्द के उम्मीदवार उतरले बिया कांग्रेस. बसना सीट से देवेन्द्र कुमार सिंह के फेरू टिकट मिलल बा.

 397 total views,  2 views today

%d bloggers like this: