नई दिल्ली . 01 नवंबर (वार्ता) भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी का सभा का दौरान पटना मे भइल बम धमाकन के मद्देनजर केन्द्र सरकार उनकर सुरक्षा बढावे के फैसला कइले बिया.
सरकारी सूत्र बतावत बाड़े कि अब उनका लगभग उहे सुरक्षा मिलल करी जवन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, संप्रग प्रमुख सोनिया गांधी, आ कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के दीहल जाले.
लेकिन इहो साफ कइल गइल बा कि ई सुरक्षा एस पी जी के ना होखी. मोदी जवना राज्य में जइहें ओहिजा के पुलिस उनकर मिनट दर मिनट सुरक्षा के विस्तृत रणनीति तइयार करी.