web analytics

राहुल गांधी के लगावल आरोपन के निराधार बतवले अखिलेश

लखनऊ 01 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राहुल गांधी के ओह आरोपन के बेबुनियाद बतवले बाड़न जवना में कहल रहे कि विकास के केन्द्रीय योजना मे राज्य सरकार सहयोग नइखे देत.

अखिलेश यादव कहलन कि उनुके सरकार एम्स बनावे ला रायबरेली मे नि:शुल्क जमीन दिहले बिया. जबकि मायावती का जमाना में लाख कोशिश का बाद जमीन ना मिलत रहे. कहलन कि उनकर सरकार जनता से जुडल विकास के काम ला केन्द्र के पूरा सहयोग देत बिया.
कहलन कि भारतीय होटल प्रबंधन संस्थान खातिर जमीन उपलब्ध करावल गइल बा आ बुन्देलखण्ड पैकेज के सही उपयोग भइल बा. पिछलकी सरकार त पैकेज के पइसा से बकरी खरीद लिहलसि. बाद में ना त बकरियन के पता चलल ना रुपिया के.

मण्डी परिषद के 2318 करोड रुपिया के योजनन के शिलान्यास करत अखिलेश यादव कहलन कि खाद्य सुरक्षा कानूनो समय अइला प लागू कइल जाई. कहलन कि बुझात नइखे कांग्रेस एह कानून ला अतना जल्दबाजी में काहे बिया.

मुजफफरनगर दंगा में एकतरफा कार्रवाई के आरोपनो के गलत बतवले अखिलेश. कहलन कि दोषियन के छोड़ल ना जाई.

जब उनका से पूछल गइल कि उनकर ड्रीम प्रोजेक्ट लैपटाप वितरण में मिलल लैपटाप के कुछ छात्र आनलाइन बेचत बाड़न त कहलन कि एह मामिला के देखल जाई बाकिर बेचे वाला छात्रन के खिलाफ कवनो कार्रवाई ना होखी.

 492 total views,  2 views today

%d bloggers like this: