web analytics

जौनपुर में बास्केटबाल प्रतियोगिता भइल

जौनपुर 02 नवम्बर (वार्ता) 53वीं उत्तर प्रदेश सीनियर बास्केटबाल प्रतियोगिता के पुरुष वर्ग के खिताब आर.डी.एस.ओ. आ महिला वर्ग के खिताब वाराणसी जीतलसि.

जौनपुर के टी डी कालेज के उमानाथ सिंह स्टेडियम मे शुक का साँझ खेलल गइल पुरुष वर्ग फाइनल मैच मे आर.डी.एस.ओ. डी.एल.डब्लू. के 82 65 से हरवलसि. आर.डी.एस.ओ. का ओर से अंकुर आनन्द 23 अंक आ विक्रम 16 अकं जोड़ले टीम का खाते. एह मैच से पहिले खेलल गइल मैच में एन ई आर यू पी पुलिस के 65 52 से हरा के तिसरका जगहा प आइल.

महिला वर्ग के फाइनल मुकाबला वाराणसी आ लखनउं के बीच भइल जवना में वाराणसी के टीम 54 24 से लखनऊ के हराके खिताब जीत लिहलसि.

 294 total views,  2 views today

%d bloggers like this: