Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

मल्होत्रा आ गोयल के चुनाव लडे के उमेद नइखे


नयी दिल्ली 02 नवम्बर (वार्ता) दिल्ली विधानसभा के चार दिसम्बर के होखे वाला चुनाव मे भाजपा. के प्रदेश अध्यक्ष विजय गोयल आ विधानसभा मे विपक्ष के नेता विजय कुमार मल्होत्रा के चुनाव लडे के उमेद नइखे.

बतावल जात बा कि भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल आ दिल्ली प्रभारी नितिन गडकरी प्रो. मल्होत्रा, गोयल,आ विजय जौली से मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के खिलाफ चुनाव लडे के पेशकश कइले रहन बाकिर तीनो जने मना कर दिहलें. पिछला बेर जौली शीला दीक्षित से लड़ल रहले बाकिर हार गइल रहले.

अबकी एएपी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल शीला दीक्षित के खिलाफ चुनाव लडे के एलान कइले बाड़न. शीला दीक्षित का खिलाफ भाजपा के उम्मीदवार के होखो एह ला खासा मगजमारी होखत बा.

भाजपा के उम्मीदवारन के सूची अगिला हफ्ता जारी होखे के उमेद बा. टिकट के बहुते दावेदार होखला का चलते पार्टी बहुते मुश्किल में बिया. पिछला तीन बेर से चुनाव हारत आइल भाजपा अबकी आपन जीत सुनिश्चित करावल चाहत बिया.

Tags:

%d bloggers like this: