एक हफ्ता अउरी चाहीं राहुल के आपन जवाब देबे ला
November 4, 2013
नयी दिल्ली 04 नवंबर (संस्रो) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गाँधी आजु चुनाव आयोग के नोटिस के जवाब देबे ला एक हफ्ता के समय अउरी मँगलन. कहलन कि पिछला दिने अपना पहिले से तय यात्रा आ दिवाली के छुट्टी का चलते अपना वकीलन से सलाह लेबे ला पूरा समय ना मिल सकल.
चुनाव आयोग भाजपा का शिकायत का बाद राहुल गाँधी के नोटिस भेज के आजु दिन के साढ़े एगारह बजे से पहिले जवाब मँगले रहुवे. कहले रहुवे कि अगर एह बेरा ले जवाब ना मिलल त मान लीहल जाई कि उनका कुछ कहे के नइखे आ तब आयोग बिना कवनो अउर नोटिस दिहले एह बाबत फैसला कर ली.
भाजपा चुनाव आयोग से एह बारे में विरोध जतवले बिया आ कहले बिया कि राहुल के अउर समय ना मिले के चाहीं.