web analytics

जमीन के झगड़ा में सेना के जवान मराइल

आरा 04 नवंबर (वार्ता) भोजपुर जिला के सिकरहटा इलाका के पनमारी मठिया गांव में जमीन के झगड़ा का चलते सेना के एगो जवान के हत्या हो गइल.

पुलिस सूत्र बतवले कि पनमारी मठिया गांव के पैंतालिस साल के संतोष यादव राजस्थान के कोटा मे सेना मे पदस्थापित रहल ह आ छुट्टी में गांवे आइल रहुवे. काल्हु सँझिया बेरा गाँवे के कुछ लोग से ओकर झगड़ा जमीन के विवाद में हो गइल जवना का बाद उ लोग संतोष के तेज हथियार से हत्या क दिहले.

हत्या का बाद सगरी आरोपी फरार हो गइले. घवाहिल संतोष के स्थानीय अस्पताल मे भरती करावल रहे जहाँ आजु ओकर मौत हो गइल.

एह बाबत संतोष के परिजन थाना में छह जने का खिलाफ केस लिखववले बाड़े.

 226 total views,  5 views today

%d bloggers like this: