web analytics

बूढ़ के पीट पीट के मुआ दीहल गइल

छपरा 04 नवंबर (वार्ता) सारण जिला के मशरख इलाका के सपही गांव मे आजु एगो बूढ़ के पीट पीट के मुआ देबे के खबर बा.

पुलिस बतावत बिया कि सपही गांव के पचास साल के सुदामा भगत के झगड़ा कवनो बात ला गाँवे के एगो लड़िका से हो गइल. एकरा बाद ओह लड़िका के परिवार वाले आ के लाठी डंडा से पीट पीट के सुदामा भगत के मुआ दिहले.

हत्या का बाद सगरी आरोपी फरार हो गइल बाड़े. मृतक के परिवार वाले थाना में तीन जने का खिलाफ नामजद केस लिखववले बाड़े.

 201 total views,  5 views today

%d bloggers like this: