web analytics

आर्केस्ट्रा में छेडछाड के विरोध करेवाला नवही के हत्या

जौनपुर 06 नवम्बर (वार्ता) जौनपुर जिला के खुटहन इलाका के कृष्णापुर गांव मे काल्हु देर रात आर्केस्ट्रा में छेडछाड के विरोध कइला खातिर एगो नवही के कुछ लोग गोली मार के हत्या क दीहल. एह हमला में दू गो अउर नवही घवाहिल हो गइले.

पुलिस से मिलल जानकारी बा कि खुटहन इलाका के कृष्णापुर गांव मे काल्हु रात लक्ष्मी पूजा के अवसर पर आर्केस्ट्रा के प्रोग्राम चलत रहुवे. एह बीच डांस करत लडकी से कुछ लोग छेडखानी करे लागल त दू तीन गो नवही एकर विरोध कइले. एह से नाराज बदमाश एह नवहियन प गोली चला दिहले जेहसे रामनगर के चौबीस साल के पवन यादव के ओहिजे मौत हो गइल आ सोरह साल के अरविन्द खरवार अउर उनइस साल के प्रदीप निषाद घवाहिल हो गइले.

गोली चलावे वाला बदमाश फरार हो गइल बाड़े.

 151 total views,  5 views today

%d bloggers like this: