web analytics

उर्दू अनुवादक संघ प्रदेश स्तर पर आन्दोलन करी

गोरखपुर 05 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश उर्दू अनुवादक संघ के सचिव नुजरत हुसेन प्रदेश सरकार से जारी उर्दू अनुवादकन ला नयका वेतनमान आ पद के धोखा बतावत कहलन कि एह आदेश के वापिस कराए ला प्रदेश स्तर पर आन्दोलन चलावल जाई.

कहलन कि सरकारी सेवा नियमावली के हिसाब से सात साल के सेवा का बाद पहिलका पदोन्नति मिलेला. एही तरह दुसरका पदोन्नति 16 साल पर आ तिसरका 24 साल पर दीहल जाला. एह तरह पूरा सेवा काल में चार गो पदोन्नति दीहल जाले बाकिर नयका शासनादेश मे उर्दू अनुवादकन ला तीने गो पदोन्नति के बात कहल गइल बा. चउथका पदोन्नति ना मिलला का चलते उर्दू अनुवादकन के बहुते नुकसान होखी.

 147 total views,  5 views today

%d bloggers like this: