Go to ...
RSS Feed

कैदी आ जेलकर्मियन के झड़प में एगो जवान घाहिल


छपरा 05 नवम्बर (वार्ता) छपरा मंडल जेल मे कैदियन आ जेल कर्मियन का बीच भइल झड़प में पुलिस के एगो जवान घाहिल हो गइल बा.

आधिकारिक सूत्र बतवले कि मंडल जेल मे बंद दू दर्जन माओवादी कैदियन के भागलपुर आ सितामढ़ी मंडल जेल भेजल जात रहुवे. माओवादी एकरा खिलाफ पाँच दिन से आंदोलन करत रहले. आजु जब ओह लोग के ले जाए ला पुलिस चहुँपल त पुलिस पर हमला बोल दिहले सँ. एह हमला में सैप के एगो जवान कृष्ण राय घवाहिल हो गइल. बाद में जेल अधिकारी हालात काबू में कइले.

Tags: , ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: