नयी दिल्ली 05 नवम्बर (वार्ता) दिल्ली विधानसभा चुनाव में भाजपा के मुख्यमंत्री उम्मीदवार हर्षवर्धन कहले बाड़न कि हाल में सामने आइल रायशुमारियन में भाजपा को मिलत बड़हन बढ़त देख कांग्रेस बहुते घबरा गइल बिया आ अब एह रायशुमारियन पर रोक लगावे के बात करत बिया, कहलन कि प्रतिबंध लगावे की मांग क के कांग्रेस जंग शुरु होखे से पहिलही हार सकालर लिहले बिया.
डा. हर्षवर्धन कहलन कि मोदी का सोझा राहुल बवना साबित होखत बाड़े, कांग्रेस समुझे लागल बिया कि राहुल गांधी ओकर अभियान पूरा ना कर सकसु. ई देख कांग्रेसी नेतवन के नींद उड गइल बा. जबसे भाजपा उनका के दिल्ली के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनवलसि तब से पूरा दिल्ली मे उम्मीद आ भरोसा के नया लहर बह चलल बा.
358 total views, 5 views today