वाराणसी 06 नवम्बर (वार्ता) रेलमंत्री मल्लिकार्जुन खरगे आजु वाराणसी के डीजल रेल कारखाना में बनल 4500 अश्व शक्ति वाला डुएल कैब मालवाहक डीजल रेल इंजन डब्ल्यूडीजी 4 डी के विधिवत पूजा का बाद हरियर झण्डा देखा के लोकार्पित कइले.
एह मौका प डीरेका के काम से खुशी जतावत रेल मंत्री कहलन कि डीरेका खाली रेल इंजन का मामिला में नया उपलब्धि नइखे हासिल कइले बलुक क्षेत्रीय रेलन के जरूरत मुताबिक प्रौद्योगिकी उन्नयन आ नया डिजाइन के इंजन बनावहू में लागल बा.
रेलमंत्री कहलन कि ई पहिलका डूएल कैब मालवाहक डीजल रेल इंजन बनाके डीरेका आपन लगन साबित कइले बा. बतवलन कि ई इंजन पूरा तरह से डीरेका आ आरडीएल के स्वदेशी प्रयास से बनल बा.
350 total views, 2 views today