web analytics

धारदार हथियार से मियाँ बीबी के हत्या

बलिया 06 नवम्बर (वार्ता) बलिया जिला के सहतवार कस्बा मे कुछ हमलावर घर मे घुस के मियाँ बीबी के धारदार हथियार से हत्या कर दिहले.

पुलिस बताबत बिया कि सहतवार कस्बा पचपन साल के शब्बीर आ उनकर बीबी बावन साल के कलमा. के कुछ लोग घर में घुस के हत्या क दीहल. एह बात के जानकारी तब मिलल जब ओह लोग के पतोहु चूडी बेंच के घरे आइल. शब्बीर के बेटा मुम्बई मे काम करेला आ पतोहु चूडी बेंच के घर चलावेले.

पुलिस के अबही ले हत्या के कारण नइखे पता.

 350 total views,  10 views today

%d bloggers like this: