वाराणसी 06 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी के चोलापुर इलाका में पिछला 29 अक्टूबर के रात भइल एके परिवार के चार बेकत के हत्या का मामिला के खुलासा करत पुलिस एगो आरोपी के गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिस बतवलसि कि ओह रात चन्दापुर गांव में मोहन जायसवाल के घर पर हमला क के मोहन जायसवाल, उनुका झूना देवी, बेटी पूजा आ बेटा प्रदीप के हत्या क दीहल रहे आ बेटा संदीप घवाहिल हो के बाच गइल रहे.
एह केस के खुलासा करत पुलिस आजु दारापुर नहर पुलिया लगे से रवीन्द्र कुमार उर्फ राजू पटेल के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा निशानदेही प मरेवाला के मोबाइल, मारे में इस्तेमाल भइल लोहा के राड, आ खून सनाइल कपड़ा बरामद भइल बा.
राजू बतवलसि कि जायसवाल आ उनकर परिवार ओकरा के बेइज्जति कइल करत रहे एही से ओहनी के हत्या क दिहलसि.
आरोपी के जेल भेज दीह गइल बा.