वाराणसी 05 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी मे नौ नवम्बर से दू दिन के पांचवां राष्ट्रीय ब्राह्मण महाधिवेशन आयोजित होखी.
केन्द्रीय ब्राह्मण महासभा के अध्यक्ष डा. उदित नारायण मालवीय बतवलन कि संस्था हर पांचवा साल महाधिवेशन बोलावेले. अबकी के महाधिवेशन के उद्घाटन विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय करीहे. एह अधिवेशन मे पद्मश्री देवी प्रसाद द्विवेदी अति विशिष्ट आ प्रदेश के ऊर्जा मंत्री विजय मिश्रा विशिष्ट अतिथि होखीहे.
देश भर से नाहियो त पांच हजार प्रतिनिधि एह अधिवेशन में शामिल होखीहें.
कहलन कि महाधिवेशन मे आइल विद्वान. भूत, भविष्य़, आ वर्तमान मे ब्राह्मणन के स्थिति, आरक्षण, आ ब्राह्मण नवहियन पर पड़त गलत असर, ब्राह्मणन के उत्थान ला सर्वजन के भूमिका आ ब्राह्मणन से सर्वजन के अपेक्षा, आतंकवाद आ नक्सली प्रवृत्ति के खतम करे के उपाय, दहेज प्रथा, नारी उत्पीडन आ कन्या भ्रूण हत्या वगैरह पर चरचा होखी.
338 total views, 2 views today