Go to ...
RSS Feed

भगवान परशुराम के तपस्थली प मेला लागल


जौनपुर 05 नवम्बर (वार्ता) जौनपुर जिला के सदर तहसील मे आजु माता रेणुका उर्फ अखण्डी देवी के मन्दिर पर विशाल मेला लागल बा.

भईया दूज, यम द्वितीया, के दिने जौनपुर के जमैथा गांव मे महर्षि जमदग्नि ऋषि के तपोभूमि आ उनका बेटा भगवान परशुराम के तपस्थली प बनल माता अखण्डी देवी के मन्दिर पर एह विशाल मेला के आयोजन भइल बा.

मान्यता हवे कि आजए का दिन पिता के आज्ञा मानत भगवान परशुराम अपना महतारी रेणुका, अखण्डी देवी, के मूड़ी कटले रहले आ जब पिता उनका से वरदान माँगे के कहले त अपना महतारी के फेरू जिया देबे के वरदान मांग लिहले.

एह दिन हर साल एहिजा मेला लागेला. लोग गोमती नदी मे नहाला आ माता अखण्डी देवी के दर्शन पूजन करेला.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: