web analytics

मंगलयात्रा पर रवाना हो गइल भारत के मंगल यान

बेगलूर 05 नवंबर (वार्ता) अंतरिक्ष विज्ञान के क्षेत्र मे लंमहर छलांग मारत भारत आजु दुपहरिया दू बजके अड़तीस मिनट पर आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा स्थित सतीश धवन अंतरिक्ष केद्र से अपना मंगलयान के सफल प्रक्षेपण कइलसि.

एह उपल्बधि ला राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी, प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, गुजरात के मुख्यमंत्री नरेद्र मोदी, आ कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी समेत अनेके लोग वैज्ञानिकन आ इसरो टीम के बधाई दिहले बा. दुनिया में एह यात्रा पर जाए वाला भारत चउथका देश हो गइल. अबही ले अमेरिका, रूस आ युरोप मंगल ले आपन यान भेजले बाड़े. कवनो एशियाई देश अबले आपन यान मंगल खातिर नइखे भेजले.

 177 total views,  5 views today

%d bloggers like this: