जमशेदपुर 05 नवंबर (वार्ता) भोजपुरी भाषियन के संगठन भोजपुरी नवचेतना मंच जल्दिए रिलीज होखे वाली दू गो फिलिमन के, रामलीला आ मिकी वायरस, विरोध करी काहे कि एह फिलिमन में हिन्दुवन के धार्मिक भावना के उलट आ फूहड़ चित्रण भइल बा.
मंच का ओर से बयान जारी भइला का बाद एकरा महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद कहलन कि संजय लीला भंसाली के रामलीला के नाम से त धार्मिक होखे के भरम होता बाकिर एकर ट्रेलर देख लागत बा कि फिलिम बहुते फूहड़ बा. एही तरह मिकी वायरस मे शिवजी के एगो लड़ीकी का पीछे नाचत देखावल गइल बा.
कहलन कि मंच एह तरह के फिलिमन प रोक लगावे के मांग करत बा आ अगर अइसन ना भइल त एकनी के विरोध कइल जाई.
मंच सेंसर बोर्ड के भूमिको प सवाल खड़ा कइले बा. मंच के कहना बा कि रामलीला के नाम बदलल जाव आ मिकी वायरस से आपत्तिजनक दृश्य हटावल जाए.
369 total views, 2 views today