web analytics

शमी के चउका से वेस्टइंडीज 234 पर ढेर

कोलकाता. 06 नवंबर (वार्ता) भारत के युवा तेज गेदबाज मोहम्मद शमी 71 रन पर चार विकेट ले के अपना पहिलके टेस्ट में शानदार प्रदर्शन करत आजु बुध का दिने ईडन गार्डन में 234 रन पर ढेर क दिहले.

एकरा जवाब में पहिला दिन के खेल खतम होखे का बेरा ले 12 ओवर में बिना कवनो नुकसान भारत 37 रन बनवलसि. ओपनर शिखर धवन 27 गेद प चार चउका मिला के 21 रन प आ मुरली विजय 45 गेंद प दू गो चउका मिला के 16 रन प खेलत बाड़े. पहिलके दिने भारत मजबूत हालात में बा.

 350 total views,  5 views today

%d bloggers like this: