Go to ...
RSS Feed

सड़क दुर्घटना मे एक जने के मौत


डेहरी.आन.सोन 05 नवम्बर (वार्ता) रोहतास जिला के डेहरी इलाका में सुभाषनगर मोड़ का नियरा एगो ट्रक आ कार के टक्कर मे एक आदमी के जान चल गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.

पुलिस बतवलस कि कार आ ट्रक के आमने.सामने टक्कर से कार में सवार ध्रुव नारायण सिंह के ठाँवे प मौत हो गइल आ उनकर पत्नी संध्या सिंह गम्हीराहे घवाहिल हो गइली.

संध्या सिंह के इलाज खातिर वाराणसी भेजाइल बा. हादसा का बद से ट्रक ड्राइवर फरार बा.

Tags: ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: