लखनऊ 06 नवम्बर (वार्ता) लौह पुरुष सरदार बल्लभ भाई पटेल के दुनिया के सबले ऊंच प्रतिमा “स्टेचू आफ यूनिटी” बनावे खातिर भाजपा से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी देश भर के सगरी ग्राम प्रधानन से सीधा सम्पर्क सधीहें.
राजनीतिक दृष्टि से एकर कतना फायदा उनुका मिली इ बतावल अबही मुश्किल बा बाकिर भाजपा के योजना बा कि लोकसभा चुनाव से पहिले देश के सगरी छह लाख 50 हजार से अधिका ग्राम प्रधानन से सम्पर्क हो जाव.
लौहपुरुष सरदार बल्लभ भाई पटेल के 182 मीटर ऊंच प्रतिमा दुनिया के रिकार्ड बनइबे करी ओकरा साथे बने वाला संग्रहालयो शायद विश्व रिकार्ड बनाई काहे कि ओहमें देशभर के ग्राम प्रधानन के फोटो लगावे के साथ ओह लोग के नामो पता दीहल जाई.