पटना 06 नवम्बर (वार्ता) सूर्योपासना के चार दिन वाला महापर्व छठ के आजु नहाय खाय से शुरू हो गइल.
छठ महापर्व के पहिला दिने व्रती लोग नदी तालाबन में नहा के शुद्ध घी मे बनल अरवा भोजन कइल. एकरा बाद काल्हु दिन भर खरना करत रार में एक बेर दूध आ गुड़ से बनल खीर खाई.
बिहार के औरंगाबाद जिला के ऐतिहासिक, धार्मिक, सांस्कृतिक आ पौराणिक स्थल देव मे लागे वाला छठ मेलो आजु से शुरु हो गइल. एह मेला में काल्हुवे से लोग आवल शुरू क दिहले बा.
ऐतिहासिक आ धार्मिक गाँव देव मे लागे वाला एह सबले पुरान छठ मेला के बहुते महत्व ह, एहिजा के सूर्य कुण्ड में नहा के लोग सूर्य मंदिर में पूजा करेला आ मनौती मानेला.
अइसने मेला नालंदा जिला के ओगारी बड़गांव में पटना जिला के मसौढ़ी के उलार सूर्य मंदिरो में छठ पूजा प लागेला.
364 total views, 5 views today