धनंजय आ जागृति पांच दिन ला पुलिस हिरासत मे

नयी दिल्ली 06 नवम्बर (वार्ता) अपना नौकरानी के हत्या का आरोप मे गिरफ्तार बसपा के सांसद धनंजय सिंह आ उनकर पत्नी जागृति सिंह के पांच दिन के पुलिस हिरासत मे भेज दीहल गइल बा.

दिल्ली के एगो अदालत दुनु तरफ के दलील सुनला का बाद जागृति सिंह आ धनंजय सिंह के पांच दिन के पुलिस रिमांड पर भेज दिहलसि. न्यायाधीश कहले कि अभियुक्ता पर गंभीर आरोप बा. उनका पर पिछला दस महीना से अपना नौकरानी राखी के पीड़ा देबे के आरोप बा जवना से पिछला सोमार के ओकर मौत हो गइल.

घर के एगो नाबालिग नौकरो के बयान लिहले बिया पुलिस. उ जागृति सिंह पर अनेके आरोप लगवले बा. एकरा अलावे घर में लागल सीसीटीवी मे से रिकार्डिंग हटा दीहल गइल बा जवना बारे में जानकारी लेबे ला पुलिस एह लोग के रिमांड मँगले बिया.