पटना 06 नवम्बर (वार्ता) बिहार में बाहर से आ के केहू विकास ना कर सके वाला मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बयान पर भाजपा चुटकी लेत पुछले बिया कि उनकर इशारा जार्ज फर्नांडीस, सांसद शरद यादव, आ राज्यसभा सदस्य के सी त्यागी का ओर त नइखे.
भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय कहलन कि मुख्यमंत्री के ई सोच कि बिहारीए बिहार के कल्याण करी छोटपन वाला मानसिकता देखावत बा. बड़हन सोच राखे वाला आदमी एह तरह के कल्पनो ना कर सके.
कहलन कि जहाँ ले नरेन्द्र मोदी के बात बा त उ 27 अक्टूबर के हुंकार रैली मे लाखो लोग का मौजूदगी मे बिहार के 50 हजार करोड़ रूपिया के विशेष पैकेज देबे के भरोसा दिहले. एहसे बिहार के त मोदी जइसन प्रधानमंत्री के जरूरत बा जे बिहार के विकास के चिंता कर सके.
आ अगर उनकर इशारा बिहार के भाजपा नेता लोग का ओर बा त एहमें से अनेके लोग नीतीश का पहिले से राजनीति में बा आ बिहार ला चिंता करत आइल बा.
365 total views, 2 views today