web analytics

नेपाल के रास्ते होखत घुसपैठ सख्ती से रोकल जाए, भाजपा

गोरखपुर 07 नवम्बर (वार्ता) गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि भारत नेपाल सीमा पर सुरक्षा व्यवस्था कड़ा होखे चाहीं काहे कि खुला सीमा का चलते आतंकवादी घुसपैठ के अनेसा हमेशा बनल रहेला.

योगी आदित्यनाथ नेपाल सीमा से भारत मे होखत पाकिस्तान परस्त आतंकवादियन के घुसपैठ पर दावा कइलन कि पिछला डेढ़ साल में तीन सौ से अधिका आतंकवादी नेपाल के रास्ते भारत मे घुसल बाड़े,

कहलन कि उत्तर प्रदेश, बिहार आ केन्द्र के सरकार अपना तुष्टीकरण के सोच का चलते आतंकवाद के बढ़ावे उकसावे में लागल बाड़ी स. केन्द्र में कांग्रेस नेतृत्व वाली यूपीए सरकार के अनदेखी का चलते नेपाल भारत विरोधी गतिविधियन के अड्डा बन गइल बा जहाँ से भारत का खिलाफ षडयंत्र होखत बा. नेपाल के माओवादियन के संबंध चीन आ नक्सलियन से जगजाहिर होखला का बावजूद केन्द्र सरकार ओहिजा के माओवादियन से सम्बन्ध बनावे खातिर बेचैन बिया.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: