web analytics

पहिलके टेस्ट मे शतक बनावल खास बात ह, कहलन रोहित शर्मा

कोलकाता 07 नवंबर (वार्ता) अपना पहिलके टेस्ट मे शतक बनावे के रिकार्ड बनावे वाला मुंबई के बल्लेबाज रोहित शर्मा कहलन कि पहिलके टेस्ट में शतक बनावल उनका ला एगो खास लम्हा हो गइल.

रोहित वेस्टइंडीज के खिलाफ पहिला क्रिकेट टेस्ट के दुसरका दिने नाबाद 127 रन बनवले आ पहिलके टेस्ट मे शतक जमावे वाला तेरहवां भारतीय बल्लेबाज बन गइलन.

एहसे पहिले मुंबई के 26 साल के रोहित आस्ट्रेलिया के खिलाफ बेगलूर मे भइल एकदिना में 209 रन बनवले रहले आ एकदिना मे दुहरा शतक बनावे वाला दुनिया के तिसरका बल्लेबाज बनल रहले.

अपना उपलब्धि पर बेहद खुश रोहित कहलन कि उनका एह पारी से टीम संकट से बाहर निकल बढ़िया स्कोर पर पहुंच गइल. एह शतक ला भगवान के शुक्रिया देत रोहित कहलन कि काल्हु के दिन बेहद अहम बा आ उम्मीद जतवलन कि इहो दिन बढ़िए गुजरी.

 149 total views,  10 views today

%d bloggers like this: