Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

पियाज छीने वालन से सरकार छीन लीं कहलन मोदी


कांकेर, छत्तीसगढ.07नवम्बर (वार्ता) भाजपा नेता नरेन्द्र मोदी कांग्रेस पर आरोप लगवलन कि उ झूठ बोल के आ फोंफर वादा क के लोग के वोट छीनत आइल बिया बाकि अब देश के नवही ओकरा से गुमराह ना होइहें.

कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के आजुए दीहल भाषण पर निशाना साधत मोदी कहलन कि कांग्रेस त बिना कुछ बोलले सब कुछ क देले. जइसे कि टूजी घोटाला, कोयला घोटाला आ जमीन घोटाला जइसन काम उ बिना कुछ बोलले क दिहलसि. काश चुनावी वादा पूरा करहू में अइसने कइले रहीत.

कांग्रेस के झूठ चुनावी वादा करे मे माहिर बतावत मोदी कहले कि कांग्रेस 100 दिन मे महंगाई कम करे आ एक करोड नवहियन के नौकरी देबे के वादा कइले रहुवे बाकिर कइलसि ना. अइसने झूठ वादा क के कांग्रेस वोट छीनत रहेले.

नरेन्द्र मोदी कहलन कि विदेशी बैकन मे जमा करिया धन वापिस आवे के चाहींं. अगर ई धन वापिस आ जाव त हर आदमी के दस पन्द्रह लाक रुपिया मिल जाई.

राज्य मे नक्सलवाद के गंभीर समस्या के जिक्र करत मोदी कहलन कि एह मामिला में बढ़िया काम करे के सबले अधिका पुरस्कार छतीसेगढ़ के मिलल आ ई पुरस्कार प्रधानमंत्री से मिलल.

Tags: ,

%d bloggers like this: