कोंण्डागांव 07 नवम्बर (वार्ता) कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी ने आजु एगो चुनावी सभा में भाषण पढ़त कहली कि छत्तीसगढ भाजपा सरकार का चलते पिछला दस साल में बदहाल हो गइल बा. भाजपा काम का बदले बड़ बड़ बाते करत रहेले.
कहली कि पिछला दस साल में एहिजा नक्सली समस्या विकराल रूप ले लिहले बा. बहुते लोग नक्सली हिंसा मे मराइल बा. कुछ महीना पहिले एगो नक्सली हमला में कांग्रेस के अनेके बड़का नेता मराइल रहले.
कहली कि राज्य के खस्ताहाल कानून व्यवस्था का चलते औरतन आ लड़िकियन के असुरक्षा के माहौल मे जीए पड़त बा.