मोदी की रैली मे तैनात होगे कमाण्डो

लखनऊ 07 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के पटना रैली मे भइल सिलसिलेवार धमाकन का बाद उत्तर प्रदेश सरकार काल्हु बहराइच मे होखे वाला रैली खातिर चउकस सुरक्षा व्यवस्था कइले बिया.

रैली के मैदान पर पुलिस आ पीएसी पहिलही से डेरा डलले बिया जेहसे केहू विस्फोटक वगैरह ना लुकवा सके.

गुजरात के एगो आतंकी के साथी अफजाल उस्मानी बहराइचे से गिरफ्तार भइल रहे एहुसे बहराइच के पुलिस प्रशासन संवेदनशील मानत बिया.

एह रैली ला तीन गो एसपी 12 गो एएसपी 29 गो डीएसपी 225 गो उपनिरीक्षक 730 गो कांस्टेबल के अलावा महिला पुलिस, यातायात पुलिस, छह कंपनी पीएसी के साथे साथ एटीएस के 86 गो कमांडो अउरी मुस्तैद रहीहे. एकरा अलावे बहराइच मे आईजी जोन गोरखपुर के कैम्प करे के कहल गइल बा. आ दंगा निरोधी बल बम अउर डिस्पोजल स्क्वायडो के तैनात कइल गइल बा.