Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

मोदी सरकार के खिलाफ मुहिम चलावे ला संप्रग सौदेबाजी कइलसि, कहलसि भाजपा


नई दिल्ली 07 नवम्बर (वार्ता) भाजपा.आरोप लगवले बिया कि संप्रग. सरकार पहिले रहल पुलिस महानिदेशक आर बी श्रीकुमार से ने गुजरात सरकार के खिलाफ मुहिम चलावे खातिर सौदेबाजी कइले रहुवे. आर बी श्रीकुमार 1994 के झूठ इसरो जासूसी प्रकरण के सूत्रधार रहल.

भाजपा के राष्ट्रीय प्रवक्ता मीनाक्षी लेखी कहली कि श्रीकुमार 1994 के इसरो जासूसी प्रकरण मे मशहूर वैज्ञानिक नम्बी नारायणन के जानबूझ के फंसवलसि जवना से उनका कैरियर आ देश के अंतरिक्ष कार्यक्रम के बड़हन नुकसान पहुंचल. एह जासूसी प्रकरण के झूठ साबित भइला का बाद 1999 मे श्रीकुमार का खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई शुरू भइल आ उनका प नव गो आरोप लगावल गइल. बाकिर संप्रग सत्ता मे आइल त 2004 मे सात गो आरोप बिना कवनो जांच करवले हटा दिहलसि आ एके महीना में एह मामिला के बंद क दिहल गइल.

एकरा बाद श्रीकुमार से सौदेबाजी करत उनका के वापस गुजरात कैडर मे भेज दीहल गइल. श्रीकुमार से संप्रग सरकार उम्मीद कइलसि कि उ गुजरात सरकार का खिलाफ झूठ मामिला उठइहे, श्रीकुमार के राजनीतिक विरोधियन के निपटावे का काम दिहल गइल जवन उ आजुओ करत बाड़न.

कहली कि श्रीकुमार तीस्ता सीतलवाड से मिलके गुजरात सरकार के खिलाफ झूठहन मामिला उठववलन. एकर सबूत में एगो बातचीतो सुनावल गइल जवना मे श्रीकुमार सीतलवाड के सहायक रहल रायस खान से बतावत बाड़े कि उनका खिलाफ आरोप पत्र दाखिल भइल प तीस्ता उनकर बहुत मदद कइले रही.

Tags: ,

%d bloggers like this: