Go to ...
RSS Feed

वाराणसी के नाग नथैया मेला पूरा भइल


वाराणसी 07 नवम्बर (वार्ता) प्रमुख धार्मिक आ सांस्कृतिक नगरी वाराणसी मे 30 दिन मे 32 गो त्यौहार मनावल जाले. ओही में से एगो ह तुलसी घाट पर होखा वाला आ लक्खा मेलन में गिनाए वाला नाग नथैया.

गंगा किनारे तुलसी घाट प एह परम्परा के रामभक्त आ रामचरित मानस के रचयिता तलसीदास शुरू करवले रहले. आजु एह नाग नथैया के अद्भुत आयोजन से निकले वाला संदेश शिव के नगरी काशी जीवन्त हो उठल.

कालिया नाग के मान मर्दन करत श्रीकृष्ण भगवान गेद लेके वापस लवटले त तुलसी घाट के किनारे जमा लाखो के भीड भगवान कृष्ण के जय जय करे लागल.

Tags: ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: