कोझिकोड़ 07 नवंबर (वार्ता) माकपा महासचिव प्रकाश करात कहलन कि केद्र के संप्रग. सरकार के .कुशासन. से जनता मे जनमल असंतोष भँजावही ला भाजपा नरेद्र मोदी के आपन प्रधानमंत्री उम्मीदवार बनवलसि.
एहिजा “अल्पसंख्यक. धर्मनिरपेक्षता और सांप्रदायिक फासीवाद” पर बोलावल एगो संगोष्ठी आ माकपा के पत्रिका .मुख्यधारा. के विमोचन करत प्रकाश करात आरोप लगवलन कि सत्ता मे आवे ला भाजपा राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सह पर सांप्रदायिक हिंसा के बढ़ावा देत बिया.
कहलन कि एह तरह के घटना देश के लोकतांत्रिक आ धर्मनिरपेक्ष ढांचा ला चुनौती बा आ सगरी .धर्मनिरपेक्ष गोलन के एकजुट होखे के जरूरत बा.