web analytics

आरा मंडल जेल में कैदियन के गुट में झड़प से छह जने घाहिल

आरा 10 नवम्बर (वार्ता) भोजपुर जिला के आरा मंडल कारा मे आजु दू गो कैदी गुट अपने में भिड़ गइले जवना में छह गो कैदी घाहिल हो गइले.

पुलिस सूत्र बतवले कि आरा जेल में कैदियन के दू गो गुट का बीच कवनो बात ले के विवाद हो गइल जवन देखते देखत हिंसक हो गइल आ एह मारपीट में छह गो कैदी घाहिल हो गइले. जानकारी मिलते जेल प्रशासन बीच बचाव क के मारपीट रोकवलसि आ घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल.

 214 total views,  10 views today

%d bloggers like this: