web analytics

एगो डाक्टर के गरदन रेत के हत्या

जौनपुर 09 नवम्बर (वार्ता) जौनपुर जिला के केराकत मे शुक के देर रात कुछ अज्ञात बदमाश एगो डाक्टर के गरदन रेत के हत्या क दिहले.

पुलिस के कहना बा कि वाराणसी जिला के फूलपुर इलाका के शाहपुर गांव के डा॰ गोरख नाथ राजभर, उमिर 45 साल, जौनपुर मे केराकत के भोलागंज बाजार मे दवाखाना चलावत रहले. रोजाना का तरह शुक का देर रात मोटरसाइकिल से अपना घरे जात रहलन जब सोहनी गांव के रास्ता पर बदमाश उनकर गरदन रेत के हत्या क दिहले. उनकर लाश आ मोटरसाइकिल रात साढे दस बजे गांव का नियरा पड़ल मिलल.

एकर जानकारी मिलते पुलिस अधीक्षक हैप्पी गुप्तन तुरते मौका पर पहुँचली. पुलिस एह मामिला में चार पांच जने के पूछताछ ला हिरासत मे लिहले बिया.

 306 total views,  2 views today

%d bloggers like this: