रायपुर 09 नवम्बर (वार्ता) छत्तीसगढ के नक्सल प्रभावित बस्तर इलाका के बारह सीट समेत 18 सीट पर चुनाव प्रचार आजु खतम हो गइल.

पहिला चरण के एह चुनाव में राष्ट्रीय दल के आला नेता प्रचार मे पहुंचले. भाजपा से लोकसभा मे विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज, भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी, मुख्यमंत्री डा.रमन सिंह आ कांग्रेस का ओर से पार्टी अध्यक्ष सोनिया गांधी, उपाध्यक्ष राहुल गांधी, पहिले मुख्यमंत्री रहल अजीत जोगी आ प्रदेश अध्यक्ष डा. चरणदास महंत प्रचार कइले.

एह सीटण पर 11 नवम्बर के वोट डालल जाई. दुर्गम इलाकन में मतदान टीम हेलीकाप्टर से भेजल जात बा.

By admin

%d bloggers like this: