web analytics

दू फरीक के मारपीट में अनेके लोग घाहिल

वाराणसी 09 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी के लोहता इलाका के रज्जीपुर गांव में यादव परिवार के दू फरीक में पांच बिस्वा जमीन लेके जम के मारपीट भइल. विवाद ढेरे दिन से चलत रहुवे.

मारपीट मे दुनु ओर के औरतन समेत 12 से अधिका लोग घाहिल हो गइल. कुछ लोग अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. खबर पा के चहुँपल पुलिस हालात काबू में कइलस आ गाँव में पुलिस तैनात क दीहल बा. अबले केहू के गिरफ्तारी नइखे भइल.

 340 total views,  2 views today

%d bloggers like this: