वाराणसी 09 नवम्बर (वार्ता) धार्मिक नगरी काशी मे अगिला 17 नवम्बर कार्तिक पूर्णिमा के होखे वाला देव दीपावली पर्व के विहंगम दृश्य देखे ला बहुते पर्यटक देश विदेश से वाराणसी पहुंचेले.
कार्तिक पूर्णिमा पर काशी के अर्धचन्द्राकार घाटन पर दीयन के अद्भुत जगमग प्रकाश फइलावत देव दीपावली पिछला करीब पन्द्रह साल से मनावल जात बा. ई आयोजन अब काशी के संस्कृति के हिस्सा बन गइल बा. करीब 10 किमी. मे पसरल एह घाटन प जगमगात लाखो दीया आ गंगा के धारा मे इठलात बहते दीया अलौकिक दृश्य के रचना करेले. एह दृश्य के अपना कैमरा में कैद करे ला हजारो पर्यटक घाटन पर उमड़ पड़ेले.