गोण्डा 09 नवम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला के तरबगंज इलाका से एगो जालसाज पुलिस के चकमा देके फरार हो गइल.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़े कि बीकापुर गांव के रामफेर आ नान्हू समेत तीन जने के खिलाफ फंर्जी बैनामा करावे के जालसाजी करे के मुकदमा दर्ज भइल रहे. पुलिस काल्हु नान्हू के पकड़ के ले आइल आ हवालात मे बन्द क दिहलसि. आजु फजीरे दिशा मैदान जाए का बहाने नान्हू निकलल आ पुलिस के चकमा देत फरार हो गइल.
198 total views, 5 views today