web analytics

बस दुर्घटना मे पांच लोग मरल, दू दर्जन घवाहिला

आरा 09 नवम्बर (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बचरी पुल का नियरा एगो बस पलट गइला से पाच जने के मौत हो गइल आ दु दरज्न सवारी घवाहिल हो गइले.

पुलिस बतावत बिया कि आरा सासाराम रोड पर बचरी पुल के नियरा भइल एह हादसा मे पांच जने के मौत ओहिजे हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिलन में छह जने के हालत बहुत खराब बा.

चालक गाड़ी के संतुलन गवाँ दिहलसि जवना से ई हादसा भइल. बस मे सवार लोग भोजपुर जिला के बिहिया से रोहतास जिला के विक्रम जात रहुवे.

 274 total views,  10 views today

%d bloggers like this: