web analytics

मनमोहन सरकार के भ्रष्टाचार मे वर्ल्ड चैम्पियन.बतवली सुषमा

रायपुर. 09 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के बड़की नेता आ लोकसभा मे नेता विपक्ष सुषमा स्वराज कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के आडे हाथ लेते कहली कि कवनो राज्य सरकार ना बलुक मनमोहन सरकारे भ्रष्टाचार मे वर्ल्ड चैम्पियन बिया.

छत्तीसगढ के चुनावी दौरा प आइल सुषमा स्वराज कहली कि पिछला तीन साल में टूजी घोटाला, कोयला घोटाला, राष्ट्रमंडल खेल घोटाला जइसन अनेके घोटला पिछला घोटालन के सगरी रिकार्ड तूड़ दिहले बावे. काल्हु राहुल गाँधी रमन सिंह सरकार पर आरोप लगबले रहले त आज ओही पर पलटवार करत सुषमा कहली कि कवनो राज्य सरकार ना खुद मनमोहन सरकार वर्ल्ड चैम्पियन बिया भठियरपन के मामिला में.

झीरम घाटी के नक्सल हमला मे मराइल स्वं नन्द कुमार पटेल के मुख्यमंत्री बनल तय होखे के बात राहुल कहले रहले त सुषमा कहली कि कांग्रेस केहू के मुख्यमंत्री उम्मीदवार बनाइत डा.रमन सिंह सभका पर भारी पडतन. भाजपा के का फरक पड़े के बा कि कांग्रेस केकरा के आपन मुख्यमंत्री उम्मीदवार बनावत बिया.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: