जींद.09 नवम्बर (वार्ता) माकपा सांसद आ सीटू के राष्ट्रीय महासचिव तपन सेन कहले बाड़न कि मजदूरन के हक आ मांग लेके अगिला 12 दिसंबर के संसद के घेराव होखी. कहलन कि जब जनता सरकार के पूंजीवादी सोच का खिलाफ आवाज उठावेले त ओह लोग के जेल में डाले देले सरकार. कांग्रेस आ भाजपा दुनु गोल पूंजीवादी व्यवस्था बनावे ला जिम्मेदार बाड़े आ ई दुनु पूंजीपतियन के बढावा देत मजदूरन के दमन करेले.