web analytics

युवक के लाश मिलल

गोरखपुर 09 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के शाहपुर मे काल्हु रात कुछ लोग एगो नवही के जान ले लीहल. ओकर लाश आजु शनिचर का भोर मे मिलल.

पुलिस बतवलसि कि शाहपुर इलाका मे डेयरी कालोनी के नियरा एगो लाश मिलल जवना के पहचान चौबीस बरीस के संतोष विश्वकर्मा के रुप मे भइल. देखला पर लागत बा कि ओकर कवनो धारदार हथियार से हत्या भइल बा.

एही 19 नवम्बर के ओकर शादी होखे वाला रहल आ एही सिलसिला में ओकर कुछ लोग से विवाद भइल रहे.

 250 total views,  5 views today

%d bloggers like this: